महाराजगंज संसदीय सीट के उपचुनाव के दू गो पर्चा खारिज
-

सारण आ सिवान जिला के इलाका वाला महाराजगंज संसदीय सीट के उपचुनाव में दाखिल परचा में से दू गो परचा काल्हु खारिज कर दिहल गइल. अब छह जने मैदान में बाचल बाड़े. जदयू से पी के शाही, राजद से प्रभुनाथ सिंह,आ कांग्रेस से जितेन्द्र स्वामी का अलावा जनवादी पार्टी सोशलिस्ट के ओमप्रकाश सिंह, भारतीय एकता दल के बलिंद्र कुमार, आ निर्दलीय विकास कुमार सिंह मैदान में रह गइल बाड़ें. वइसे मुख्य मुकाबला तीनो बड़का गोल का बीच होखे वाला बा.

एक साल से कम समय ला होखे वाला एह उपचुनाव के नाक के लड़ाई बना लिहले बाड़े जदयू, कांग्रेस आ राजद. देखल जाव केकर जीत होखत बा.

0 Comments

Recent Posts