प्रतिशोधे "प्रतिघात" ह

akshara-pratighatजहाँ देश में लगातार औरतन लड़िकियन पर अत्याचार, बलात्कार जइसन घटनाये होखत बा ओहिजा त ई मुद्दा हरमेस सामयिक रहेला आ अइसने माहौल में डायरेक्टर आनंद गहतराज “प्रतिघात” फिलिम बनावे के फैसला कर लिहल. आ एहमें प्रोडूसर नीरज यादव के भरपूर सहयोगो मिलल. फिल्म “प्रतिघात” एगो नारी पर भइल अत्याचार से शुरू होके ओकर विध्वंसक रूप बनल तकले के कहानी बा.

जवना समाज में औरतन के सम्मान ना होखे ऊ समाज कवना का मे के? जब अबला नारी अत्याचार से लड़त लड़त थाक जाले त ओकरा माँ दुर्गा, काली के रूप धर के एह दानवन के संहार करही के पड़ेला. इहे दानवनाश ह “प्रतिघात”. अक्षरा सिंह के सशक्त अभिनय से सजल एह फिलिम में खलनायक बाड़न नीरज यादव, आ साथी कलाकारन में बाड़न शुभम तिवारी, हैदर काजमी, बिपिन सिंह, नीलिमा सिंह, राकेश त्रिपाठी आ मोना त्रिपाठी वगैरह.

ई फिलिम जल्दिए दर्शकन का सोझा आवे वाली बिया.


(भोजवुड न्यूज)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।