हर तरफ से निराश गुरूजी अब आपन गोल सम्हारे में लगलन

झारखण्ड मुक्ति मोर्चा के गुरुजी शिबू सोरेन के उमेद रहल कि कांग्रेस कुछ ना कुछ सहारा जरूर दी बाकिर कुछ हाथे लागत लउकत नइखे. भाजपा का साथे गठबन्हन शिबू सोरेन के बेटा हेमंत सोरेन एह उमेद में तूड़ले रहलन कि कांग्रेस से मिल के मुख्यमंत्री बन जइहन. अब झारखण्ड मुक्ति मोर्चा गोल के लोग नाराज बा कि हेमन्त का लालसा का चलते गोल के नुकसान हो गइल.

आजु एही नाराज गोलवहियन के सम्हारे ला शिबू सोरेन बोकारो के सेक्टर वन में दू दिन के बईठक बोलवले बालन जवना में गोल के अगिला कदम का बारे में फैसला लिहल जाई.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..