सिनेमा भोजपुरी के हलचल
scene-from-auratभोजपुरी फिलिम “औरत” रिलीज ला तइया भइल. रहीज फिल्म इंटरनेशनल का बैनर मे मो॰ शादाब अली आ मानसी के बनावल एह फिलिम के निर्देशन मो॰ शादाब अली कइले बाड़न. कहानी लेखक उपदेश कुमार जोशी, संगीतकार शेखर श्रीवास्तव, विमल राज, सी एल जॉन आ स्व॰ सागर सेन, गीतकार राकेश निराल, अशोक अलबेला आ मेराज़, सिनेमेटोग्राफर पप्पू शेट्टी आ ईपी हउवें अकबर सैयद. फिलिम के कलाकारन में मनीष कुमार, प्रिंसी गु्प्ता, एहसान खान, कृष्णा पाण्डेय, रमेश गोयल, महेश राज आ अक्षरा के नाम बा. (के एम श्रीवास्तव)

manoj-tiwariसितारन के क्रिकेट टीम “भोजपुरी दबंग” के कप्तान मनोज तिवारी के सीसीएल के सबले कामिल खिलाड़ी मोस्ट इफिसिएंट प्लेयर ऑफ द सीरीज से नवाजल गइल बा. ई अवार्ड गोदरेज क ओर से दिहल गइल. (शशिकांत सिंह)

आराधना सिनेविजन के फिलिम “बनारस वाली” ले एडिटिंग पूरा हो गइल बा. एकर शूटिंग सूरत, गुजरात के खूबसूरत जगहन पर भइल बा. पवन संिंह एहमें एगो चाकलेटी किरदार कइले बाड़न. निर्देशक हउवें शशिकांत दूबे.

Rani-CPSinghभोजपुरी फिलिम “रानी बनल ज्वाला” के पोस्ट प्रोडक्शन काम एह घरी मूवी लैब में पूरा जोर पर बा. पहिला कापी अगिला हफ्ता मिल जाए के उमेद बा.
एहमें रानी चटर्जी, दीपक कुमार, बंदिनी मिश्रा, भूपेंदर, सी पी भट्ट, गोपाल राय अउर राज प्रेमी वगैरह कलाकार बाड़ें. (अरुण सिंह)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।