निर्देशक क़मर हाजीपुरी के सम्मान

QamarHajipuriजानल मानल निर्देशक क़मर हाजीपुरी के सम्मान पिछला दिने श्रीपतालेश्वर मंदिर ट्रस्ट हाजीपुरी क ओर से बिहार भाजपा के प्रदेश अध्यक्ष मंगल पांडे अक्षयवट राय स्टेडियम में ‘गुलाब थियेटर’ जइसन स्तरीय फिल्म के निर्देशन करे खातिर फूलमाला पहिरा के आ स्मृति चिन्ह दे के कइलन. एह मौका पर बिहार के उपमुख्यमंत्री सुशील कुमार मोदी, श्रम संसाधन मंत्री जनार्दन सिंह सिग्रिवाल, विधायक नित्यानंद वगैरह खासमखास लोग मौजूद रहुवे.

क़मर हाजीपुरी मूलतः हाजीएपुर के रहे वाला हउवें. शुरूए से इनकर रूझान कला क्षेत्र क ओर रहुवे. इनका निर्देशन में बनल भोजपुरी फिलिम ‘गुलाब थियेटर‘ जल्दिए रिलीज होखे वाली बा. साथ ही इनका निर्देशन में बने वाली एगो अउर फिलिम ‘पवन बैण्ड बाजा‘ जल्दिए फ्लोर पर जाई.


(समरजीत)

0 Comments

Recent Posts