शिवा कमाल कर देखवलसि यूपी में


पहिला बेर कवनो भोजपुरी फिल्म यूपी का २७ गो सिनेमाघरन में एक साथे रिलीज कइल गइल आ हर जगहे ऊ फिल्म हाउसफुल रहल. फिल्म ह डी रामानायडू के शिवा. ई फिल्म भोजपुरी सिनेमा के किंग अभिनेता दिनेशलाल यादव निरहुआ के शानदार अभिनय आ जोरदार एक्शन का साथ साथ पाखी हेगडे के दिलकश किरदार से सजावल बा.

आलम त ई बा कि शिवा बनारस के आनन्द मन्दिर, गोरखपुर के युनाइटेड समेत तमाम सिनेमाघर में हाउसफुल के रिकार्ड कलेक्शन बिटोर रहल बिया. पहिला बेर कवनो भोजपुरी फिल्म यूपी का सिनेमाघरन में अइसन धमाल मचवले बिया.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त )

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।