कबीरा के संगीतमय शुरुआत

भोजपुरी फिल्म “कबीरा” के संगीतमय शुरुआत हालही में मुंबई का एसआरएस स्टूडियो में इंदु सोनाली के गावल गीत रिकार्ड करा के कइल गइल. एह मुहुर्त का मौका पर मुख्य अतिथि रहले तिलक कोठारी का साथे हर्ष, राजकुमार, पप्पू अग्रवाल, कमाल खान, आ साकेत चक्रवर्ती वगैरह लोग उपस्थित रहल. फिल्म के नायक कबीर के अपना पड़ोसी लड़िकी से प्यार हो जात बा बाकिर जब समाज एहमें रोड़ा अटका देत बा त कबीरा बदल जात बा. एही बदलाव के कहानी बा कबीरा में. कलाकारन के चयन का बाद फिल्म के शूटिंग गुजरात का सूरत में होखी.

फिल्म – कबीरा
निर्माता – दिनेश चक्रवर्ती, इन्द्रजीत द्विवेदी, अफजल खान
बैनर – रोहिणी फिल्म्स इंटरटेनमेंट
लेखक निर्देशक – एस॰ए॰चन्द्रशेखर
संगीतकार – शेखर शर्मा
गीतकार – दिनेश चक्रवर्ती
सह निर्माता – बानो अली आ जितेन्द्र सिंह
नृत्य निर्देशक – कानू मुखर्जी
एक्शन मास्टर – हरीश शेट्टी
कैमरा मैन – नीतू इकबाल सिंह
कलाकार – अबहीं तय नइखे.


(स्रोत – समरजीत)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।