चार गो कैमरा लगा के क्लाइमेक्स के शूटिंग

भोजपुरी के मल्टीस्टारर फिल्म “केहू हमसे जीत ना पाई” के क्लाइमेक्स सीन के शूटिंग चाइना क्रीक में भइल जहाँ चार गो कैमरा लगावल गइल रहे. सैकड़न फाइटर आ ब्लास्ट का बीच एह सीन के शूटिंग में फिल्म के सगरी कलाकार शामिल भइले. गोरखपुर के डा॰ वजाहत करीम के बनावल एह फिल्म के लेखक निर्देशक एम आई राज हउवन. कलाकारन में रविकिशन, रिंकू घोषम सुशील सिंह, मनोज टाइगर, राजीव दिनकर वगैरह खास नाम बाड़े. शूटिंग गोरखपुर आ मुंबई में करावल गइल बा.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।