पूर्वांचल खातिर जान देबे के तइयार बाड़न अमर सिंह

पूर्वांचल स्वाभिमान यात्रा में गोरखपुर चहुँपल अमर सिहं पत्रकारन से कहलन कि पूर्वांचल खातिर ऊ आपन जानो दे दीहें बाकिर पाछा ना हटीहें. बहुत दिन से बीमार अमर सिंह के डाक्टर धूल धक्कड़ से अलगा रहे के कहलें बाड़न. उनका किडनी के बीमारी बा. इलाहाबाद से पूर्वांचल यात्रा शुरु कर के गोरखपुर तक चहुँपल अमर सिहं कहलें कि एह इलाका के अनदेखी का चलते एहीजा के कल कारखाना बन्द हो गइल बा. अमर सिंह पूछलन कि आखिर २८ गो सांसद, १४७ विधायक, आ ९ करोड़ आबादी वाला इलाका के पूर्वांचल राज्य बनावे में का दिक्कत बा. कहलन कि बिजली से सैफई आ बादिलपुर जगमगाला बाकिर पूर्वांचल बिजली संकट से जूझेला. अनुपूरक बजट में पूर्वांचल के मिलल १८ करोड़ जबकि लखनऊ में मूर्ति लगावे खातिर दिहल गइल पाँच सौ करोड़.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।