निर्देशक राजकुमार आर पाण्डेय के भारत ज्योति नेशनल अवार्ड

Producer Director Rajkumar R. Pandeyभोजपुरी सिनेमा के सफलतम निर्देशक का रुप मं आपन पहिचान बना चुकल राजकुमार आर पाण्डेय के हालहि में दिल्ली में आयोजित एगो भव्य समारोह में भअरत ज्योति नेशनल अवार्ड से सम्मानित कइल गइल. उनका के सम्मान का रुप में एगो स्मृति चिन्ह, अंगवस्त्र, आ प्रशस्ति पत्र आसाम के पूर्व राज्यपाल भीष्म नारायण सिंह का हाथे दिहल गइल.

साल २०१० में अबले लगातार तीन गो ब्लाकबस्टर फिल्म, सात सहेलिया, देवरा बड़ा सतावेला, आ सईयां के साथ मड़ईया में, दे चुकल बाड़न. सम्मानित भइला का बाद राजकुमार आर पाण्डे कहले कि ई सब त पूरा फिल्म इण्डस्ट्री आ दर्शकन के प्यार के नतीजा ह. सम्मानित होखला का बाद उनका के रविकिशन, दिनेश लाल यादव निरहुआ, दुर्गा पंरसाद मजुमदार, दिलीप जायसवाल, मेहमूद अली, सुनील जैन, महैस पाण्डे, मुकेश पाण्डै, बिट्टू सरदार, राको लैब, कुमार गौतम, रीना एस पासी, आ प्रशान्त निशान्त का तरफ से शुभकामना दिहल गइल.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।