लाइन बढ़ले जात बा

– टीम अंजोरिया

#हिन्दूवन_का_खिलाफ #लेंसकार्ट #टीसीएस #एयर_ईण्डिया #बिन्दी

लाइन बढ़ले जात बा

the line is lengthening

the line is lengthening

हाल-फिलहाल जवन खबर टीसीएस के नासिक कार्यालय से शुरु भइल ऊ गँवे-गँवे अउरी बढ़ल जात बा आ एहमें अउरी कंपनियन के नाम जुड़ल जात बा जवन हिन्दू प्रतीकन, संस्कृति, आ महिलन पर आक्रामक बाड़ें। आ एह सब कुछ का बावजूद हिन्दू जनमानस कुंभकर्णी नीने सूतल बावे।

 

कुछ बरीस पहिले टाटा ग्रुप के एगो कंपनी (टीसीएस आ एयर इंडियो ओही ग्रुप के कंपनी हईं सँ) त़निष्क ले के बिन्दी वाला सवाल उठवले रही शेफाली वैद्य आ उनुका साथे बहुते लोग जुड़ गइल रहल। शेफाली वैद्य के कहना बा कि तब कंपनी का तरफ से कुछ लोग उनुका से संपर्क सधले रहल कि रउरा का चाहीं, एक बार बस बोल दीं, मिल जाई।

ओकरा बाद टीसीएस के नासिक कार्यालय में हिन्दू महिलन के यौन शोषण आ ओहनी पर धर्म परिवर्तन के दबाव बनावे का आरोप में कंपनी के की कर्मचारियन के पुलिस हिरासत में ले लिहलसि। एह कर्मचारियन के बचावे ला बड़की बड़की संस्था लुका छिपा के लाग गइल बाड़ी सँ। कुछ मिडिया हाउसो टीसीएस वाला मामिला के हवा में उड़ावे का कोशिश मे लाग गइल बाड़ी सँ। दुख के बात ई बा कि एह सगरी मामिलन के चरचा हिन्दी अखबारन में भा अपना के बड़का मीडिया हाउस होखे के दावा करे वाली कंपनियन के अखबार में दबावल जा रहल बा। एह तरह के कंपनियन के कतार लगातार लमहर होखत जात बा. पहिले तनिष्क, फेरु टीसीएस, लेन्सकार्ट, एयर इण्डिया, वगैरह कंपनियन के ले के ई चरचा सोझा आ रहल बा कि ई सब कवना तरह से हिन्दूवन का खिलाफ साजिश कर रहल बाड़ी सँ।

स्वाभाविक बावे कि जब लाइन लमहर होखत जा रहल बा त ओकरा के देखावे वाला ट्वीटनो के कतार लमहर होखी। नीचे कई गो एक्सप्रेशन (ट्वीट) साझा कर रहल बानी –

1 Comment

  1. Editor

    एगो नया वीडियो जोड़ाइल बा। जरुर देख लीं आ पूरा देखीं। देखल जरुरी बा।

    Reply

Submit a Comment

आपका ईमेल पता प्रकाशित नहीं किया जाएगा. आवश्यक फ़ील्ड चिह्नित हैं *

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..