तनखाह बढ़ला के बाति सुन के कर्मचारी हकलान

अमेरिका सरकार अपना देश में काम करे खातिर एच 1बी वीजा पर आवे वाला विदेशी कर्मचारियन के तनखाह में तीस फीसदी के बढ़ोतरी करे के प्रस्ताव रखले बिया आ एह प्रस्ताव का बारे में जान के ओहिजा काम करे जाए के योजना बनवले लोग सकता में आ गइल बा।
पहिला नजर में ई बाति अजूबा लागि कि तनखाह में बढ़ोतरी के बाति सुन के संभावित कर्मचारी परेशान हो जइहें। बाकिर हो इहे रहल बा। असल में अमेरिकी प्रशासन अमेरिका के लोगन के नौकरी मिले में आवत दिक्कत से परेशान बिया। एही चलते अमेरिकी प्रशासन के कहना बा कि अगर विदेशी कर्मचारी ले आवे के बा त ओकरा के बेसी तनखाह देबे के पड़ी। एह से कंपनियन पर दबाव पड़ी आ ऊ चहिहें कि अगर अमेरिका के लोग ओह काम ला मिल जाव त ओही लोग के नौकरी दे देव।
एकरा के सहज भाव से समुझे के होखे त अपने देश के अलग अलग राज्यन के हाल देख लीं। बांग्लादेशी घुसपैठियन के त बाते छोड़ दीं जे हर छोट-मोट काम पर केंचुली मार के बइठ गइल बाड़न। दोसरा राज्यन से आवे वाला कर्मचारी भा मजदूर आ के स्थानीय लोगन के नौकरी पर डाका डाल देलें काहें कि ऊ कम तनखाह पर काम करे ला तइयार हो जालें। वइसहीं अमेरिको में होखेला। एक बरोबर योग्यता वाला अमेरिकी कर्मचारी जतना तनखाह खोजेला ओह से कई गुना कम दाम पर दोसरा देशन के लोग ऊ काम करे ला बेचैन रहेला। प्रवासी मजदूरन का खिलाफ अलग-अलग राज्यन में आन्दोलन होखते रहेला।
अमेरिकी प्रशासन के बात अगर कंपनी मान लीहें सँ त शुरुआती स्तर के कर्मचारियन के करीब 73200 डॉलर का जगहा 97700 डॉलर के तनखाह देबे के पड़ी। सरकार के कहना बा कि पिछला तनखाह बरीसन पहिले तय कइल गइल रहुवे आ तब से हालात बहुते बदल गइल बा। अब पुरनका तनखाह पर विदेशी कर्मचारी कंपनियन ला सस्ता पड़ेलें। एहीसे एकरा के तीस फीसदी बढ़वला के जरुरत बा।
जाने जोग बा कि एच 1-बी वीजा बहुते कुशल प्रोफेशनल्स के दीहल जाला आ एकर माँग अतना बेसी होखेला कि हर साल वसन्त ऋतु में एकर लॉटरी निकालल जाला कि केकरा के ई वीजा दीहल जाव आ के अबहीं तिकवत रहे अगिला लॉटरी ला।
आ कोढ़ में खाज का तरह इहो होला कि अइसन नौकरी देबे वाला कंपनियन के एगो भारी भरकम राशि सरकार के टैक्स के रूप में देबे के पड़ेला।


आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर – anjoria@rediffmail.com
अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.