मजबूरी के सम्राट
कुछ दिन का भितरे देश के दू गो राज्यन में भाजपा के पहिलहका मुख्यमंत्री बनलें बाकिर दुनु के स्वागत अलग तरीका से होखत पूरा दुनिया देखलसि। जहिया सम्राट चौधरी बिहार में भाजपा के पहिलका मुख्यमंत्री बनलन तहिया के समारोह आ काल्हु 9 मई का दिने बंगाल में भाजपा के पहिलका मुख्यमंत्री बनत शुवेन्दु अधिकारी के समारोह में कतना फरक रहल।
सम्राट चौधरी भाजपा के मजबूरी के प्रतीक हउवन जबकि शुवेन्दु भाजपा के मजबूती के। भाजपा चाहे जवन कह ले बाकिर सभे जानत बा कि बिहार में मुख्यमंत्री पद ला सम्राट चौधरी के चयन मजबूरी में भइल। ऊँट के चोरी निहुरे निहुरे कइलसि भाजपा। ओहिजा भाजपा के मजबूरी सभका सोझा आइल काहें कि नीतीश बाबू का मरजी का खिलाफ जाए के औकात भाजपा का लगे अबहीं ले नइखे। बेंवत चाहे जतना देखावे-जतावे के कोशिश करे बाकिर ओह बेंवत में कवनो दम नइखे।
बंगाल में ममता बनर्जी के सरकार उखाड. के भाजपा अपना अपार बहुमत का चलते अजेय बन के उभरल आ एकर प्रदर्शन त अभूतपूर्व होखहीं के रहल। वइसे ओडिसो में जब भाजपा के पहिलका सरकार बनल त ओहू मौका पर पीएम मोदी मौजूद रहलन। आजु मीडिया में सभतर शुवेन्दु अधिकारी के किरिया धराई समारोह के खबर भरल बा। बाकिर हम एह धारा में ना बहि के एह पर चरचा करे बइठल क बानी कि आखिर बिहार में सब कुछ अतना उदास भाव से काहे करावल गइल। तइयारी त ओहिजो भइल रहल पटना के गाँधी मैदान में समारोह करावे के। शायद भाजपा के उमेद रहल होखी कि नीतीश मान जइहन आ भाजपा के आपन नेता चुने के आजादी दे दिहें। बाकिर कहले जाला कि – पराधीन सपनहू सुख नाहीं। दोसरा के मातहत रहे वाला के सपनो में सुख ना हो पावे।
दोसरा तरह से एही मुद्दा के देखल जाव त कहल जा सकेला कि बिहार में पिछला कई बरीसन से भाजपा सत्ता में बिया आ ओकर आपन मुख्यमंत्री बनल कवनो बहुते बड़हन खबर ना रहल। बाकिर का कवनो दोसर नेता चुने के मौका भाजपा के मिल गइल रहीत त का तबहियों भाजपा एह समारोह के खानापूरी करा के निपटा दिहले रहीत ? सवाल पर सोचल जरुरी बा आ खास कर के ओह लोगन ला जे भाजपा के ताकतवर बनावल चाहत होखसु।
हमरा एह चरचा के मतलब ईहो नइखे कि हम बंगाल में सुवेन्दु सरकार बनला के महत्व नइखीं देत। बंगाल का बारे में हमेशा से कहाइल आवत बा कि देश जवन काल्हु सोचे वाला होखी ओकरा के बंगाल आजुवे सोच लेला। बंगाल में भाजपा के सरकार बनल देश में सांस्कृतिक राष्ट्रवाद के स्थापना करे का दिशाईं एगो मजगर डेग बा। देश के नक्शा देखीं त झारखण्ड के छोड़ सगरी पूर्वी आ पश्चिमी भारत हिन्दुत्व का साथे खड़ा हो गइल बा। अगर भाजपा के इन्द्र लोग कुछ देर ला आपन छोड़ गोल के सोचले रहीत त आजु तेलंगाना आ कर्नाटको में भाजपा के सरकार बन चुकल रहीत। तमिलनाडु में उभार पर रहीत। का भाजपा के इन्द्र लोग के ई अफसोस होखेला कि अगर तेलंगाना में बंडी संजय कुमार आ तमिलनाडु में अन्नामलाई के वइसने महत्व दिहले रहीत लोग जइसन हिमन्ता आ शुवेन्दु के दीहल गइल त आजु के नजारा कुछ अउरे रहीत। खैर अबहियों देर नइखे भइल। अगर भाजपा अबहियों से कोर्स करेक्शन पर लाग जाव त कमाल हो सकेला।
हमरा पता ना काहें लागत रहुवे कि कवनो ना कवनो कारण से सम्राट चौधरी शुवेन्दु के किरिया धराई समारोह में शामिल ना होखिहें। बाकिर सम्राट के साधुवाद दीहल चाहत बानी कि दुअरा सवतिया के पिया के बरतिया देखियो के उनुकर छाती ना फाटल, उनुका जिनिगी के सिंगार जरल ना। देर सबेर अगर सम्राटो हिमन्ता, आ शुवेन्दु का तरह खुलेआम हिन्दुत्व के योद्धा बन जइहन त उहो वइसने सम्मान के पात्र बन जइहें। जानत बानी कि नीतीश का चलते अबहीं बिहार में वइसन हालात हाल फिलहाल में नइखे बने जात। तबहियों शुभकामना सम्राट के।


0 Comments