धूम मचवलसि ‘कहऽता कजरवा’
- (स्रोत : रंजन सिन्हा)

धूम मचवलसि ‘कहऽता कजरवा’

खुशी कक्कड़ का आवाज में एसआरके म्यूजिक का चैनल पर जारी भोजपुरी वीडियो धूम मचावत लउकत बा। आपन मीठ बोली आ भावभरल प्रस्तुति ला जानल जाए वाली गायिका ख़ुशी कक्कड़ एह गीत में एक बेर फेरु आपन प्रतिभा देखवले बाड़ी। रउरो एह गीत के आनन्द ले लीं एहसे एहिजे एकरा के डाल दिहले बानी –

ख़ुशी कक्कड़ एह गाना के अपना दिल का करीब बतावत कहले बाड़ी कि एह गीत के गावे में ऊ पूरा सचाई आ संवेदना लगवले बाड़ी।

शुभदयाल सोहरा के लिखल एह गाना के बोल बहुते सहज आ करेजा छू लेत बावे। संगीतकार विकास यादव के संगीतो एह गाना के अउर प्रभावशाली बना दिहले बावे। वीडियो में एकरा के गावत चेहरा शिवानी सिंह के बावे। शिवानियो अपना अदाकारी से राउर मन मोल लिहें.

रंजन सिन्हा से मिलल जानकारी मेंं बतावल गइल बा कि निर्देशक टीम आ कोरियोग्राफर कानू मुखर्जी अउर विष्णु कुमार एह गाना के एगो खूबसूरत विज़ुअल अपील दिहले बाड़न। अउरी जानकारी रउरा एह गाना के यूट्यूब लिंक पर मिल जाई।

(स्रोत : रंजन सिन्हा)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts