खेसारीलाल यादव के खतरनाक स्टंट

Kheasrilal-in-TeriKasamएह घरी सिनेमा भोजपुरी में हिट फैक्ट्री बन गइल चर्चित अभिनेता खेसारीलाल यादव के स्टंट में कवनो जवाब नइखे. अपना आवे वाली फिलिम ‘तेरी कसम’ ला खेसारीलाल यादव अइसन ख़तरनाक स्टंट कइलन के देखे वालन के होश उड़ गइल. निर्देशक निर्देशक अनिल सिनकर एह सीन ला खेसारी के डुप्लीकेट बोला लिहले रहलें बाकिर खेसारी जिद्द कर के ऊ सीन कुद कइलन. एह सीन में उनुका बहुते रफ्तार में मोटरसाइकिल चलावे के रहे. सबले खास बात ई कि सीन एके शाट में ओके हो गइल. खुशी से झुमल पूरा यूनिट खेसारी के कान्हे उठा लिहल.
एह फिलिम में खेसारी के नायिका बाड़ी मोनिका बत्रा अउर शुभी शर्मा.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..