पाखी बन गइली यश के फेंटेसी गर्ल

Yash-with-Pakhiसिनेमा भोजपुरी के उगत सितारा यश कुमार भलही रील आ रियल लाइफ़ में केहु दोसर के “दिलदार सांवरिया” होखसु बाकिर उनकर फेंटेसी गर्ल हई भोजपुरी सिनेमा के चर्चित अदाकारा पाखी हेगड़े. अपना ह चाहत के यश अपना फिलिम “राजा जी आई लव यू” में देखा दिहले बाड़न.

पिछला दिने एह फिलिम ला यश आ पाखी पर एगो रोमांटिक गीत फिलिमावल गइल. राजा जी आई लव यू फिलिम में यश एगो रामलीला कलाकार बनल बाड़ें जेकर सपना बा सिनेमा में स्टार बने के. साथ ही ऊ किरदार पाखी के दिवाना हवे. ओकरा अपना खयाली सपना में हरमेश पाखीए लउकेली.

तन्वी मल्टीमिडिया के बैनर तले बनत एह फिलिम के निर्माता दीपक शाह आ निर्देशक विनय बिहारी हउवें. फिलिम में यश आ अंजना सिंह के रोमांटिक जोड़ी बा. साथी कलाकारन में महानायक कुणाल सिंह, बृजेश त्रिपाठी, संजय पांडे, आनंद मोहन, प्रिया पांडे, पुष्पा वर्मा, अयाज़ खान वगैरह बाड़ें. कहानी लिखले बाड़न एस . के . चौहान आ गीत संगीत दुनु विनय बिहारी के बा.

यश के ई दुसरकी फिलिम ह आ पहिलकी फिलिम “दिलदार सांवरिया” जबरदस्त हिट भइल बा.


(उदय भगत)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।