जमानियां में सीमा सिंह
-

SeemaSingh-72सिनेमा भोजपुरी के डांसिंग क्वीन सीमा सिंह पिछला दिने जमानियां के लोगन के दिल जीत लिहली. उत्तर प्रदेश के गाजीपुर से सटल जमानियां में सीमा सिंह गइल रहि शिवम तिवारी के प्रस्तुति ‘घुस के मारब’ फिलिम के शूटिंग ला. सीमा सिहं के एक झलक पावे ला, उनकर आटोग्राफ लेबे ला उनुका प्रशंसकन के एगो बड़हन भीड़ जमा रहे.

फिलिम का बारे में बतियावत सीमा सिंह कहली कि शिवम तिवारी बहुते मँजल अभिनेता हउवन आ एह फिलिम में उनुका मेहनत के फल देखे के मिली. संजय श्रीवास्तव के निर्देशन में बनल ‘घुस के मारब’ में शिवम तिवारी के नायिका बाड़ी तनिष्क आ अनामिका पांडे. साथे बाड़न मनोज टाईगर आ खलनायक संजय पांडे.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Recent Posts