छा गइले राकेश मिश्रा

RakeshMishra2बिहार के चर्चित गायक राकेश मिश्रा बतौर नायक अपना पहिलके फिलिम ‘प्रेम दिवानी’ से छा गइले. अब एकरा के राकेश मिश्रा क जादूए कहल जाई जे ई फिलिम ‘प्रेम दिवानी’ सबका के आपन दिवाना बनावत लगातार चउथा हफ्ता में चलत बिया. निर्माता डाक्टर सुनील के कहना बा कि ऊ जानता रहलें कि बिहार में राकेश मिश्रा के बहुते क्रेज बा आ लोग उनुका के परदा पर देखल चाहत बा. अपना एह प्रयोग के सफलता से डा॰ सुनील बहुत खुश बाड़े.

फिलिम के निर्देशक दिनेश यादवो के कहना बा कि राकेश मिश्रा बहुते आगे जइजें. संगीत कंपनी वेब पर जारी एह फिलिम के संगीतो अपना सफलता के धुम मचवले बा.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..