मन्टू लाल साथे देखहूंवाला बोलले नारायण नारायण

MantooLalमशहूर वितरक आ निर्माता डा.सुनिल के फिलिम ‘प्रेम दिवानी’ बिहार में अपना सफलता के झंडा फहरावत बिया. एह फिलिम में स्टार कॉमेडियन मन्टू लाल नारद बनल बाड़ें. मंटूलाल के अभिनय सगरो सराहल जा ता. एह फिलिम में मन्टू लाल के तकिया कलाम बा नारायण, नारायण आ एकर संवाद अदायगी दर्शकन अइसन असर डललसि कि फिलिम देखत घरी मन्टूलाल के देखते लोग नारायण नारायण त कहते बा सिनेमा घर से बहरी निकलला का बादो नारायण नारायण जीभ से उतरत नइखे. अउर त अउर अब खुद डा॰ सुनिलो मंटू लाला के देखते नारायण नारायण कहे लागत बाड़न.

मंटू लाल ट्रक ड्राईवर, सौगन्ध गंगा मईया के, नागीन, धनिया के थाना, दिलेर ये देखो मुम्बई रियल लाईफ(हिन्दी) अउर अब प्रेम दिवानी में अपना अभिनय से दर्शकन के दिल त जीतिए लिहलन सगरी बड़हन बैनरो के पहिला पसंद बन गइल बड़न. अब ‘प्रेम दिवानी’ मंटू लाल के डिमांड बढ़ा दिहले बा. देखल जाव कि दुल्हे राजा के शूटिंग में ब्यस्त मंटूलाल ओह फिलिम दुल्हे राजा में अइसने धमाल मचावत बाड़न कि ना.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।