रवि किशन आ पवन सिंह अउर राखी सावंत के फिलिम ‘कट्टा तनल दुपट्टा पे’

KattaTanalफेथ इन्क प्रोडक्शन के बैनर तले बनत भोजपुरी फिलिम ‘कट्टा तनल दुपट्टा पे’ खातिर पिछला दिने मुंबई के फ्यूचर स्टूडियों में रवि किशन आ राखी सावंत शूटिंग कइल लोग. एह फिलिम के निर्माण राखी सावंत आ राहुल कपूर करत बाड़ें. राखी पहिला बेर कवनो भोजपुरी फिलिम करत बाड़ी. फिलिम का बारे में बतवली कि ई एगो पारिवारिक फिल्म ह जवना में एक्शन रोमांस आ कॉमेडीओ के मेल देखे के मिली. फिलिम के गानो बहुते बढ़िया बाड़ी सँ.

निर्देशक एम. आई. राज, संगीतकार मधुकर आनंद, कैमरामैन इकबाल शेख, नृत्यनिर्देशक रिक्की गुप्ता आ पप्पू खन्ना, फाइट मास्टर वीरू, गीतकार आ लेखक राज वर्मा अउर एस. चौहान हउवें. एकरा खास कलाकार में शामिल बाड़ें रवि किशन, पवन सिंह, राखी सावंत, शुभी शर्मा, शहवाज खान, बृजेश त्रिपाठी, मनोज द्विवेदी, उजैर खान वगैरह. एहमें तीन गो आइटम सॉंग बाड़ी सँ जवना के अंजना, रिंकू घोष आ अभय राय कइले बाड़न.


(संजयभूषण पटियाला)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।