लमहर छलांग लगा दिहलें यश

jumpingYashसिनेमा भोजपुरी के राइजिंग स्टार आ “दिलदार सांवरिया” से चरचा में आटल यश कुमार गजब के ऊँच छलांग लगवले बाड़े. ई छलांग ना त कवनो फिलिम के काल्पनिक दृश्य ह आ ना ही कवनो प्रतियोगिता के. दरअसल यश के हिंदी सिनेमा के जानल मानल निर्देशक विमल कुमार अपना भोजपुरी फिलिम “दरियादिल” खातिर अनुबंधित कइले बाड़न. मुंबई टाकिज के बैनर तर बने जात एह फिलिम के निर्माता हउवें वरदान आस्था

जाने जोग बा कि यश के पहिलका फिलिम “दिलदार सांवरिया” हाल ही में बिहार में रिलीज़ भइल बा आ बॉक्स ऑफिस पर सफल साबित भइल बा. आ मुंबईओ में जल्दिए रिलीज़ होखे वाली बा. एह फिलिम का बाद यश के अगिला फिलिम होखी “राजा जी आई लव यु”. दीपक शाह निर्मित आ विनय बिहारी निर्देशित एह फिलिम के शूटिंग अब अपना आखिरी चरण पर बा. यश के अनुसार, विमल कुमार जइसन बड़हन लेखक निर्देशक के फिलिम के हिस्सा बनल एगो बड़का सपना के साँच भइला जस बा.

फिलहाल दरियादिल के कहानी लिखात बा आ फिलिम जल्दिए फ्लोर पर जाई. यश कुमार के एह बड़हन छलांग के चरचा इंडस्ट्री में जोर धइले बा. इहो जान जाईं कि विमल कुमार के निर्देशित पहिलका भोजपुरी फिलिम “देस परदेश” जल्दिए रिलीज होखे वाली बा.


(उदय भगत)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..