पुलिस माफिया के मुहर्त भइल

PoliceMafia-muhurtखोंइछा के अपार सफलता क बाद एल के प्रोडक्शन के निर्माता कृष्णेष्वर शर्मा पिछला दिने स्वर लता स्टूडियो में म्यूज़िक डायरेक्टर आर के निराला के संगीत से सजल गीत के रिकार्डिंग करा के अपना कमर्शियल भोजपुरी फिलिम “पुलिस माफिया” के मुहूर्त कइलन. एह गीत के आवाज दिहली प्रीती तिवारी जे टाइम्स म्यूज़िक ला अनेके गीत गा चुकल बाड़ी.

पुलिस माफिया के निर्देशक ओम प्रकाश यादव, कार्यकारी निर्माता कन्हैया कुशवाहा, आ निर्माण नियंत्रक शदाब सिद्दिकी हउवें, एह मुहुर्त का मौका पर खास मेहमान रहलें मुंबई आ बिहार के फिलिम वितरक राजेश सिंह, राजू सिंह आ कलाकार विक्रांत सिंह. एह फिलिम में नवोदित कलाकार शुभम शुक्ला, मेनका, नैना, सिमरन जैस, भारतेन्दू भूशण, मधु दूबे आ चंदन कश्यप के भूमिका बा. बड़का सितारन के चुनल जात बा अबही.


(संजयभूषण पटियाला)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।