Customise Consent Preferences

We use cookies to help you navigate efficiently and perform certain functions. You will find detailed information about all cookies under each consent category below.

The cookies that are categorised as "Necessary" are stored on your browser as they are essential for enabling the basic functionalities of the site. ... 

Always Active

Necessary cookies are required to enable the basic features of this site, such as providing secure log-in or adjusting your consent preferences. These cookies do not store any personally identifiable data.

No cookies to display.

Functional cookies help perform certain functionalities like sharing the content of the website on social media platforms, collecting feedback, and other third-party features.

No cookies to display.

Analytical cookies are used to understand how visitors interact with the website. These cookies help provide information on metrics such as the number of visitors, bounce rate, traffic source, etc.

No cookies to display.

Performance cookies are used to understand and analyse the key performance indexes of the website which helps in delivering a better user experience for the visitors.

No cookies to display.

Advertisement cookies are used to provide visitors with customised advertisements based on the pages you visited previously and to analyse the effectiveness of the ad campaigns.

No cookies to display.

टटका खबर, सोमार, ७ जून

अफजाल गुरु के फाइल दबावे खातिर गृहमंत्री कहले रहले

दिल्ली के मुख्यमंत्री शीला दीक्षित एगो टीवी चैनल पर बात करे का दौरान कहली कि अफजाल गुरु के फाँसी वाला फाइल दबावे के तबके गृहमंत्री शिवराज पाटिल कहले रहलें. संकेत रहे कि केन्द्र के कतनो मेमो जाव कुछ जवाब नइखे देबे के. सबले कमाल के बात रहे कि खुद गृहेमंत्रालय से हर तीसरा महीना दिल्ली सरकार के मेमो भेजात रहे. अब एह खुलासा का बाद केन्द्र सरकार कइसे आपन फजीहत बचाई? बाकिर गेंडा के चमड़ी पर छोट मोट बात के कवनो असर होखी त कइसे?

हम तब ले संप्रग ना छोड़ब जब ले निकाल ना दिहल जाइब

ममता बनर्जी कहले बाड़ी कि उनकर पार्टी संप्रग के सबले ईमानदार घटक ह आ पूरा पाँच साल ले ओकरा साथे बनल रही. अगर संप्रग से उनका पार्टी के हटा दिहल जाव भा वामपंथियन के सहयोगी बना लिहल जाव तब बात दूसर बा. बंगाल में नगरपालिका चुनाव में कांग्रेस के अनदेखी करियो के जीत देखा के ममता के ताकत वइसहीं बढ़ गइल बा आ कांग्रेस उनका पर विधानसभा चुनाव में गठबन्हन करे खातिर दबाव ना डाल पाई. उहे होखी जवन ममता चहीहें. काश ऊ जल्दी कोलकाता चल जइती त कम से कम रेलवे के कल्याण हो जाइत.

ललकी साड़ी कांग्रेसियन के परेशान कर दिहले बिया

स्पेनिश में लिखल सोनिया गाँधी पर कहानी एल सारी रोजो, मतलब लाल साड़ी, के पढ़ला का बाद कांग्रेसी ओहि तरहा भड़क उठल बाड़े जइसे लाल कपड़ा देख के साँढ़ भड़केला. ऊ किताब लिखे वाला जेवियर मोरो जानल चाहत बाड़न कि कांग्रेस में के स्पेनिश भाषा के जानकार बा जे किताब पढ़ के राय बना लिहलस. कहत बाड़न कि जब किताब हिन्दुस्तान का बाजार में अइबे ना कइल त एह लोग के मिलल कइसे. कांग्रेसियन के कहनाम बा कि एह किताब में सोनिया गाँधी का बारे में झूठ के पुलिन्दा बा आ कई गो अपमान करे वाली बात बा जवना चलते एह किताब पर प्रतिबन्ध लगा दिहल जाव.

भोपाल गैस त्रासदी के आठो आरोपियन के कसूरवार मानल गइल

छब्बीस साल पहिले भोपाल के यूनियन कार्बाइड का कारखाना में जहरीला गैस के रिसाव से पन्द्रह हजार लोग के जान चल गइल रहे आ कई हजार लोग आज ले ओह घटना के दंश झेलत बाड़न. अब जा के एह मामिला में लोकल कोर्ट से आठ गो आरोपियन के कसूरवार ठहरावल गइल बा. सजा बाद में सुनावल जाई. बाकिर एह आठ में असली कातिल वारेन एंडरसन के कवनो जिक्र नइखे जवना के कोर्ट भगोड़ा घोषित कर दिहले रहे.

पटना में होखे जा रहल भाजपा कार्यकारिणी के बईठका

नरेन्द्र मोदी आ वरुण गाँधी के भाजपा के बईठका का बहाने पटना आवे आ गाँधी मैदान में भाषण देबे के मौका मिले जा रहल बा. दोसर खास खबर ई बा कि एह बईठका में आवे वाला सगरी प्रतिनिधियन के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार अपना आवास पर भोज दीहें. पिछला चुनाव का बेरा एह लोग के बिहार में ना बोलावे खातिर जदयू कहले रहे जवना के भाजपा मान लिहले रहे. अबही शायद चुनाव में कुछ महीना बाकी बा एह से वोटरन के भड़के के अनेसा नइखे जदयू के.

युवा राजद गुण्डा पाले में अकेला नइखे

लोग लालू के चाहे जतना बदनाम कर लेव, एह मामिला में राजद अकेला पार्टी नइखे. भाजपा, कांग्रेस, जदयू सबका आफिस में हंगामा आ बवाल होत आइल बा. जदयू नेता शिवानन्द तिवारी कहले बाड़न कि राजनीति में गुण्डा तत्व भरे के शुरुआत इंदिरा गाँधी के जमाना में भइल रहे आ तबसे ई बेमारी हर पार्टी के अपना चपेट में ले लिहले बिया. एहसे एकर जिम्मेदार कांग्रेसे बिया.

पूर्व राजद विधायक पप्पू खान के उमिर कैद

बिहार शरीफ से राजद के विधायक रहल पप्पू खान आ ओकरा दू गो साथियन के आलोक कुमार उर्फ लोकना नाम के एगो युवक के अपहरण आ हत्या का आरोप में उमिर कैद के सजा सुनावल गइल बा. पप्पू खान पहिलही से कुछ दोसरो मामिला में जेल में बन्द बा. एह तीनो पर दस दस हजार के जुर्मानो लगावल गइल बा.

शरद पवार इस्तीफा ना दीहें

रा्ष्ट्रवादी कांग्रेस पार्टी अपना नेता शरद पवार के इस्तीफा के माँग नकार दिहले बिया आ अइसन माँग के वाहियात बतवले बिया. शरद पवार आ उनका परिवार का लगे ओह कंपनी के सोलह फीसदी शेयर बा जवन पुणे टीम खातिर बोली लगवले रहुवे. अभ इहो मालूम भइल बा कि रायल चैलेंजरो में उनकर शेयर बा. पार्टी के कहनाम बा कि छोट शेयर होल्डर के कंपनी के फैसला भा काम के दोषी ना ठहरावल जा सके. विपक्ष एह मामिला पर संयुक्त संसदीय समिति से जाँच करावे के माँग कइले बा.

शेयर बाजार फेर धराशायी

आजु फेर शेयर बाजार में बिकवाल भारी पड़ गइले बाकिर रिलायन्स के २६ फीसदी हिस्सेदारी बेचे के खबर से ओकरा शेयरन में गजब के तेजी देखे के मिलल. सेंसेक्स में शामिल तीस गो कंपनी में से रिलायन्स कम्यूनिकेशन अकेली कंपनी बिया जवना के शेयर में तेजी आइल बा.

तीन देशन का बीच चले वाला एकदिना में जिम्बाब्वे आ श्रीलंका के मुकाबिला

भारत श्रीलंका से हार के फाइनल मैच खेले लायक ना रह गइल. आज जिम्बाब्वे आ श्रीलंका के बीच मुकाबिला हो रहल बा जवना के फाइनल मैच के पूर्वाभ्यास मैचकहल जा सकेला.

0 Comments