भोजपुरी फिलिम ’’विवाद’’ के शुभ मुर्हूत

Vivad-film-muhurtपिछला दिने राज मोशन मूवी के बनावल आ नारायण बाबा के परोसल फिलिम “विवाद” के शुभ मुहूर्त मुजफ्फरपुर के होटल विजय लक्ष्मी में धुम-धाम से कइल गइल. एह मौका पर भोजपरी फिल्म जगत के नामचीन लोग मौजूद रहुवे.

एह फिलिम के कहानी जात-पात पर बा. राजपुत लड़िका एगो दलित लड़िकी से प्यार करत बा आ एह प्यार से होखे वाला सगरी बवाल एह फिलिम में रही. रोमांस का साथे एहमें कॉमेडी के तड़को रही. मुख्य कलाकार हउवें अविनाश शाही, विजय खरे, डॉ श्रीकांत चक्रवर्ती, बबन सिंह, श्वेता, डॉ0 अर्चना सिंह, रूपा सिंह, मुन्ना लाडला, नीरज बादशाह, धर्मेन्द्र सम्राट वगैरह. निर्देशक अमित कुमार मुन्ना, निर्माता सुनिल गौरव, सह निर्माता नीरज कुमार (मास्टर साहब), कथा पटकथा लेखक देवब्रत, संवाद लेखक कुमार विरल, गीतकार सुमित सिंह चन्द्रवंशी, नृत्य निर्देशक महेश आचार्य, आ कैमरामैन सानु सिन्हा रहीहें.


(कुन्दन राज)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।