एगो दबंग किरदार में लउकीहें अक्षरा सिंह

Akshra-in-DhartiKeLalअक्षरा सिंह रोज नया नया किरदार खोजत रहेली आ एह बेर डॉन बने के सोचले बाड़ी. जइसन कि एह फोटो में लउकत बा समाज में अब मरदे ना मेहरारूओ लोग विलेन बने लागल बा. अइसने एगो विलेन किरदार जियत बाड़ी हिरोइन अक्षरा सिंह. हमेशा नया नया किरदार, रोज एगो नया लुक, नया खोज परोसे के आदी अक्षरा सिंह के ई विलेन किरदार देखे के मिली “धरती के लाल” में जवना में अक्षरा सुपर स्टार हीरो पवन सिंह से टकरइहें. निर्देशक हउवें कुमार विकल.

कबहीं नारी शक्ति के प्रतीक बन के “प्रतिघात” में, त कबो कवनो ‘दिलेर’ के प्रेयसी, त कबो “जिला टॉप” के चुलबुली, त कबो “एक बिहारी सौ पे भारी” के मुन्नी बदनाम, त कवो “कालिया” फिलिम के अल्हड़ गाँव वाली, कबो “बजरंग” के चोरनी, कबो “ठोक देब” के विलेन पसंद छोरी, आ अब खुद डॉन का किरदार में आवत बाड़ी राउर चहेती हिरोइन अक्षरा सिंह.


(भोजवुड न्यूज)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।