विनय आनन्द आ मोनालिसा के जोड़ी फेर से


भोजपुरी सुपर स्टार विनय आनन्द आ मोनालिसा के जोड़ी स्क्रीन पर हमेशा जमेला. एह जोड़ी के पिछला फिल्म “जाड़े में बलमा प्यारा लगे” सुपर डुपर हिट रहे. अब ई जोड़ी “तुलसी बिन सूना अँगनवा हमार” में पारिवारिक जोड़ी बन के आ रहल बिया. लोग कहत बा कि ईहो फिल्म दर्शकन के दिल जीते में सफल रही. पिछला दिने एह फिल्म के एगो गाना का शूटिंग में विनय आनन्द आ आयटम गर्ल सीमा सिंह के जबरदस्त डांस के शूटिग भइल जवना के देखे खातिर जेमिनी स्टूडियो खचाखच भरल रहे. फिल्म में रुबी सिंह के किरदारो मुख्य नायिका के बावे. विनय आनन्द के पिछला दिने रिलीज फिल्म “दामिनी” आ “ननिहाल” के सुपर सफलता मिलल रहुवे. विनय आनन्द हर तरह के किरदार लाजवाब तरीका से कर देखावेले.


(स्रोत – शशिकान्त सिहं)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।