पूर्व विधायक रामेश्वर सिंह के निधन

बलिया के शीतलदवनी के रहे वाला स्वतंतत्रता सेनानी आ पूर्व विधायक रामेश्वर सिंह के काल्हु शुक के उनका बलिया आवास पर हो गइल रहे. आजु उनकर पार्थिव शरीर उनका गाँव ले जाइल गइल जहवाँ लोग उनकर अंतिम दर्शन कइल. ओकरा बाद ओहिजा से पचरुखिया मझौवा घाट ले जा के उनकर अंतिम संस्कार भइल. राजकीय सम्मान से शवयात्रा निकालल गइल जवना में हजारन लोग शामिल रहे. शव यात्रा में सीओ सदर, एसडीएम, आ बांसडीह रोड आ हल्दी के थानेदार शामिल रहलें. रामेश्वर सिंह साल १९५० में इलाहाबाद छात्र संघ के महामंत्री रहल रहन. साल १९६७ में ऊ जनसंघ का टिकट पर विधायक बनलें. एने एक महीना से उनकर तबियत खराब चलत रहल हऽ आ बलिया के महाबीर अस्पताल में इलाज होत रहुवे.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।