मोना राय के भागोवाली

बहुते भोजपुरी फिलिमन, जइसे कि “कब होई गवना हमार, कब कहबऽ तू आई लव यू, तू बबुआ हमार, ई रिश्ता अनमोल बा, मंगल सूत्र, हमार बियाह तोहरे से होई, गोरकी पतरकी रे, जीतब कबड्डी” वगैरह, में काम कर चुकल अदाकारा मोना राय जवना खातिर बेसी जानल जाली ऊ हवे जी टीवी पर देखावल जा रहल “भागोवाली” धारावाहिक. एह धारावाहिक में मोना राय मीट्ठो पाण्डेय के करिदार करत बाड़ी. ई किरदार काम त निगेटिव करेले बाकिर पलक झपकते बदलियो जाले. एह शातिर रोल से मोना राय के पहचान घर घर ले चहुँप गइल बा. मोना राय एकरा अलावहू कलर्स चैनल के “जय श्रीकृष्णा” आ डीडीवन पर “नवाब सिराजुद्दौला” में काम करत बाड़ी.

मोना राय के कहना बा कि उनुका माता पिता के कबो उमेद ना रहल कि उनुकर बेटी अइसन बड़ कलाकार बन जाई. उनुकर एगो भोजपुरी फिलिम “गोबर सिंह” जल्दिये रिलीज होखे वाला बा जवना में मनोज तिवारी आ टी बॉबी सिंह मुख्य कलाकार बाड़े. “चालबाज चुलबुल पाण्डेय” फिलिमो में मोना राय के एगो मजगर रोल बा.


(स्रोत – संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।