सीमा सिंह के ‘कजरा मोहब्बत वाला’

भोजपुरी सिनेमा के डांसिंग क्वीन सीमा सिंह अबकी ‘कजरा मोहब्बत वाला’ लगाके भोजपुरिया दर्शकन के दिहल जीतीहें. सीमा सिंह के डांस जलवा वाला फिल्म ‘कजरा मोहब्बत वाला’ में सुपर स्टार विनय आनंद मुख्य भूमिका में बाड़े.

फिल्म के निर्माता हरीश जायसवाल अउर प्रमोद शास्त्री आ निर्देशक श्रीधर शेट्टी हउवे. पूरा तरह से रोमांटिक थ्रिलर आ एक्शन भरल ‘कजरा मोहब्बत वाला’ में विनय आनंद के नायिका बनल बाड़ी प्रतिभा पांडे आ कुणाल सिंह पहिला बेर खलनायक बनल बाड़न. फिल्म के अउरी मुख्य कलाकारन में द, धीरज पंडित, मनोज टाइगर, अनिल यादव, प्रणित जायसवाल आ विश्वजीत चटर्जी शामिल बाड़े.


(शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।