सुदीप पाण्डे के चल पड़ल

भोजपुरी सिनेमा के एक्शन सितारा सुदीप पाण्डे के अब चल पड़ल बा. बॉक्स ऑफस पर अनेके हिट फिल्म देबे वाला सुदीप एह घरी अपना नईकी फिलिम ‘गजब सिटी मारे सईयां पिछवारे’ खातिर बहुते चरचा में बाड़े. फिलिम में उनुका लुक आ अदाकारी के चरचा चारो ओर होखत बा.

अतने ना सुदीप जल्दिये बिहार आ यू.पी. के मशहूर टीवी चैनल बिग मैजिक पर जुर्म के पड़ताल करत लउके वाला बाड़न. एकरा अलावे निर्देशक श्रीधर शेट्टी के ‘दंगल’ में सुदीप मुख्य भूमिका में होखीहें. हालही में सुदीप के बिहारी अस्मिता सम्मान, भिखारी ठाकुर सम्मान आ बाह्मण भूषण अवार्ड से सम्मानित कइल गइल बा. उनुकर कई गो फिलिम अबही फ्लोर पर बाड़ी सँ.


(प्रशांत निशांत के भेजल रपट)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।