भोजपुरिया सिनेमा में आइल एगो नया नायक रवि केसरी

सिनेमा भोजपुरिया में नया नायक का रूप में आइल रवि केसरी अपना पारी के शुरूआत अनामिका फिल्मस प्रस्तुति आ अरूण कुमार मंडल के बनावल फिल्म ‘बड़का-छोटका’ से करीहे. एह फिल्म में रवि छोटका बनल बाड़े. रवि केसरी एह बारे में बतवलन कि सबही जानेला कि छोटका दुलरूआ होखला चलते बहुते शरारत करेला. उनुकरो रोल कुछ अइसने बा. कहलन कि पूरा फिल्म कॉमेडी बेस्ड लव स्टोरी हवे जवना में रवि अपना शरारती अंदाज से सभके खूबे हँसइहे.

एहसे पहिले रवि केसरी सौ से अधिका एलबमन में अभिनय कर चुकल बाड़े. एहमें से बेसी एलबम टी. सीरीज कंपनी के बैनर के हवे. एही कंपनी के बैनर तले आल्हा-रूदल के कहानी पर बनल एलबम ‘भैसा नथाई’ में रवि बतौर नायक काम कइले बाड़न. एकरा अलावे अनेके डिजिटल फिलिमो में रवि नायक बन चुकल बाड़े.

रवि केसरी के कहना बा कि बड़का-छोटका में उनुकर रोल मदर इंडिया में सुनील दत्त के किरदार के याद करा दी काहे कि दुनु किरदार के समानता बचपन आ शरारतीपन में बावे.


(रंजन सिन्हा के रपट से)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।