मेहरारू चाही मिल्की व्हाईट कि डबिंग पूरा भइल

जल्दिये रिलीज होखे जात भोजपुरी फिलिम “मेहरारू चाही मिल्की व्हाईट” के आपन आपन डबिंग उगत सितारा प्रियेश सिन्हा आ स्टार अदकारा रानी चटर्जी पूरा कर लिहल लोग. महुआ टीवी के शो “भौजी नं० १” के देवर के रूप में चर्चित प्रवेश एह फिलिम से सिनेमा के रुपहला परदा पर नजर आवे वाला बाड़न. एह फिलिम में प्रियेश अपना अदाकारी से आपन दमदार मौजूदगी देखावे खातिर कमर कस लिहले बाड़न.

फिल्म के निर्माता मनोहर एस.झा के कहना बा कि ई फिल्म भोजपुरी सिनेमा के अलगा छबि त बनइबे करी प्रियेश सिन्हा का रूप में एगो कुशल अभिनेतो से परिचय करी. कहलन कि प्रियेश के अदाकारी काबिले तारीफ बा आ हर सीन के ऊ बहुते सहजता से कर देखवले बाड़न.

प्रियेश सिन्हा कहलन कि ऊ त बस आपन काम ईमानदारी से कइले बाड़न जेहसे कि दर्शक उनुका से नाराज मत होखसु. इहो कोशिश रहल कि हमेशा स्वस्थ मनोरंजन के ध्यान राखल जावॆ भोजपुरी सिनेमा का मौजूदा इमेज का चलते मेहरारू सिनेमाहॉल का तरफ आइले छोड़ दिहले बाड़ी. हमार सोच बा कि एह फिल्म से ओह लोग के खुशी मिली आ ऊ लोग वापिस आई भोजपुरी सिनेमा देखे.

प्रियेश सिन्हा एकरा अलावे निर्माता अवध किशोर के ” प्यार भईल परदेशी से” फिलिमो के शूटिंग बिहार के अनेके खूबसूरत लोकेशन पर करा चुकल बाड़न.


( अपना न्यूज के रपट से)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।