भठियारा सिस्टम पर बनल ‘पागल प्रेमी’

मौजूदा भठियारा सिस्टम पर बनल भोजपुरी फिल्म ‘पागल प्रेमी’ भोजपुरी संस्कार, रीति रिवाज से भरपूर नीमन आ स्वस्थ मनोरंज देबे वाली फिलिम बनल बिया. अइसन दावा ओह लोग के बा जे एकर फर्स्ट लुक देखल.

फिल्म ‘पागल प्रेमी’ में भोजपुरी सुपर स्टार विनय आनंद अउर अजीत आनन्द नायक का भुमिका में आ संगीता तिवारी अउर श्रीकनकनी नायिका भुमिका में बा लोग. खलनायक हउवें संजय पाण्डेय. सविता श्री प्रोडक्शन का बैनर में बनल फिल्म के निर्माता नवीन कुमार सिंह आ निर्देशक अजय कुमार हउवें.

फिल्म जल्दिये रिलीज होखे वाली बा.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट से)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।