अबसे चुनिए चान के फिलिम सकरीहें पाखी हेगड़े


भोजपुरी सिनेमा के न. 1 अदाकारा पाखी हेगड़े भोजपुरिया दर्शकन के बेहतरीने फिल्म देबे खातिर अब से चुनिए चान के फिलिम कइल चाहत बाड़ी. अबही ले नाहियो तो तीसन सुपरहिट फिलिम दे चुकल पाखी जल्दिए राजनीतिक भठियरपन पर बनल फिलिम ‘गंगादेवी’ बन के आवत बाड़ी. एकरा अलावे पाखी राजकुमार आर. पाण्डेय निर्देशित ‘खून भरी मांग’ में शानदार अदाकारी के परिचय दीहें. एह घरी ऊ निर्माता बिट्टू सरदार के अजय श्रीवास्तव निर्देशित ‘रिक्शावाला आई लव यू’ करत बाड़ी.


(प्रशांत निशांत के रपट)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।