खेसारीलाल हैट्रिक लगा दिहलें
-

भोजपुरी के नयका सुपरस्टार खेसारीलाल यादव अपना सफल फिलिमन के हैट्रिक मार दिहलें. उनुकर लगातार तिसरकी फिलिम हिट रहल बा. पहिला रहे ‘साजन चले ससुराल’, फेर आइल ‘जान तेरे नाम’ आ अब आइल बा खेसारी के हैट्रिक हिट आलोक कुमार के ‘देवरा पे मनवां डोले’.

खेसारी क ‘‘देवरा पे मनवा डोले’’ पूरा बिहार में धूम मचवले बावे. प्रेमाशू सिंह निर्देशित एह फिल्म में खेसारी स्मृति सिन्हा अउर अंजना सिह का साथे जलवा बिखेरत नजर आवत बाड़न.

खेसारीलाल के अगिलका फिलिम आवे वाली बा राजेश पप्पू क ‘दिल ले गईल ओढनिया वाली’. अपना एह लगातार सफलता के श्रेय खेसारी अपना निर्माता निर्देशकन के बढ़िया फिल्म मेकिंग आ दर्शकन के प्यार के देत बाड़े,


(प्रशांत निशांत के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts