गुंजन पन्त आ विनय आनद के बिआह करावल गइल
-


पिछला दिने उत्तर प्रदेश के बाबा काशी विश्वनाथ क पावन नगरी काशी (बनारस) में गंगा किनारे मंगल फेरा लेके, अग्नि के साखी मानत, वैदिक मंत्रोंच्चार संगे विनय आनंद आ गुंजन पंत के बिआह करावल गइल. एह मौका पर घाट के पंडित, महात्मा, बाबा विश्वनाथजी के दर्शन हेतु आइल श्रद्धालु, आस पड़ोस के लोग का साथे मौजूद फिल्म निर्माता अशोक गुप्ता आ बृजेश सिंह, अउर निर्देशक मनोज गिरी एह ‘नव दम्पति’ के आशीष दिहलें.

ई सबकुछ कइल गइल फिलिम ‘लक्ष्मण रेखा’ के एगो सीन खातिर. एह फिल्म के शूटिंग बनारस जौनपुर में जोर शोर से चलत बा. फिल्म में गुंजन पन्त एगो आम घरेलू महिला के किरदार करत बाड़ी जे आजु के जमाना से नावाकिफ बाड़ी. सिनेमा का परदा पर तीन गो शादी कर चुकल विनय आनंद के ई चउथा शादी रहल. विनय आनंद के पँचवा शादी जल्दिए फिल्म ‘भईल तोहरा से प्यार- आई लव य़ू’ में होखे वाला बा.


(अपना न्यूज के रपट)

0 Comments

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..