गंगा देवी बन के धमाल मचइहें पाखी हेगडे

सिनेमा भोजपुरी के नायिका अदाकारा पाखी हेगड़े अपना जल्दिए रिलीज होखे वाल फिलिम ‘गंगा देवी’ से परदा पर धमाल मचा के रख दीहन. पाखी के ई भूमिका अबतक के उनुकर सबले बेहतरीन भूमिका हवे, एह में पाखी हेगडे एगो राजनीतिक कार्यकर्ता के पत्नी बनल बाड़ी जे बाद में राजनीतिक आ सामाजिक भठियरपन के परदाफाश करे राजनीति में डेग धर दीहें.

एह फिलिम में पाखी के नायक दिनेशलाल ‘निरहुआ’ हउवें. एकरा अलावे एह साल पाखी के रिलीज होखे वाली फिलिमन में ‘रिक्शावाला आई लव यू’ अउर ‘गंगा जमुना सरस्वती’ ओ में पाखी के जलवा देखल बनी.


(प्रशांत निशांत के रपट)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।