नरेन्द्र मोदी आ भाजपा के आरएसएस क मुखौटा बतवले लालू

राजद.अध्यक्ष लालू प्रसाद यादव नरेन्द्र मोदी आ भाजपा.के आरएसएस. के.मुखौटा बतावत कहलन कि एह लोग के असली ताकत संघे ह जेकरा इशारा पर ई लोग देश मे साम्प्रदायिक सद्भाव बिगाड़ल चाहऽता.

लालू प्रसाद यादव आज पटना में अपना पार्टी के अकलियत मुहिम रथ के हरिय झंडी देखा रवाना कइला का बाद कहलन कि एह रंथ का जरिए अकलियत के फिरकावाराना ताकतन के कुचाल से अवगत करावल जाई.

लालू यादव कहलन कि बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार एह घरी दुबकल बाड़ें आ अपना चारो ओर पिट्ठू बहाल कर रखले बाड़न एह तंत्र से फिरकावाराना ताकतन के मुकाबला ना कइल जा सके. कहलन कि नीतीश सरकार वइसने पदाधिकारियन के तैनात करत बिया जे ओकरा के फायदा चहुँपा सके. कहलन कि नीतीशे का शह पर बिहार मे साम्प्रदायिक ताकतन के बढ़ावा मिलल. नीतीशे का राज में गांधी मैदान मे आरएसएस के कैप लागल रहें.
(वार्ता)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।