कजरा मोहब्बत वाला अब शायदे रिलीज होखी

विनय आनंद आ प्रतिभा पाण्डेय के अभिनय से सजल फिल्म “कजरा मोहब्बत वाला”अब शायदे रिलीज हो पाई काहे कि एह फिलिम से जुड़ल लोग के कागजी कार्यवाई गलत होखला आ आपसी मतभेद क चलते हाई कोर्ट एह फिलिम के रिलीज पर रोक लगा दिहले बिया.

फिल्म समीक्षकन के मानल जाव त जवना आदमी के नाम एह फिलिम पर निर्देशक का रूप में छपल बा ऊ बाकी लोगन के फरका करत पूरा फिलिम हथिया लिहले बावे. एह मामिला में केस लड़े वाला वकील नीरज गुप्ता क कहना बा कि अइसनका फिलिम आ अइसनका लोग के हश्र इहे होखे के चाहीं.


(अपना न्यूज के रपट)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।