पटनो में बनारस लेखा गंगा आरती शुरु करे के तइयारी

पता ना लालू भाई के ई खबर कइसन लागल बाकिर सुने में आ रहल बा कि बिहार सरकार पटना के गाँधी घाट पर बनारस लेखा गंगा आरती शूरु करवावे के योजना में लागल बिया. शुरु में हफ्ता में दू दिन आरती होखल करी आ योजना सफल रहल त रोजे गंगा आरती करावल जाई. सरकार के इरादा एही बहाने पर्यटन के बढ़ावा देबे के बा. बनारस में गंगा आरती देखे खातिर विदेशी पर्यटकन के बढ़िया भीड़ जुटेला. बाकिर लालू भाई के एह बाति पर एतराज हो सकेला कि एहसे हिन्दू धर्म के बढ़ावा दिहल जा रहल बा.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।