रमाकांत प्रसाद के नया हंगामा ‘हिम्मतवाला’

निर्माता-निर्देशक रमाकांत प्रसाद के नयकी फिलिम ‘हिम्मतवाला’ के फस्ट लुक से भोजपुरी इंडस्ट्री में जबरदस्त चरचा शुरू हो गइल बा. एह फिलिम में जबरदस्त एक्शन, बेहतरीन कहानी आ कर्णप्रिय गीत संगीत बा. रमाकांत प्रसाद हमेशा से एक से बढ़ के एक हिट फिलिम देत आइल बाड़ें आ अब ‘हिम्मतवाला’ फिलिम से रमाकांत प्रसाद फेरू हंगामा मचाए वाला बाड़न.

‘हिम्मतवाला’ के निर्माण आदि शक्ति इंटरटेनमेंट अउर कुमारी माई मूवीज मिल के कइले बा, गीत लिखले बाड़ें प्यारेलाल यादव अउर राकेश मिश्रा. मुख्य कलाकारन में एक्शन किंग विराज भट्ट, तनु चटर्जी, सुप्रेरणा सिंह, प्रिया शर्मा, अनिल यादव, वंदिनी मिश्रा, पुष्पा वर्मा, सीमा सिंह, प्रनाली, देव सिंह, विनोद मिश्रा, सिद्धार्थ आ मुकेश राज के नाम बा.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।