नरैनी विधायक पुरुषोत्तम नरेश द्विवेदी गिरफ्तार

बांदा के शीलू नाम के लड़की का साथ दुष्कर्म करे के आरोपी नरैनी विधायक पुरुष॰न॰द्विवेदी के आजु औगासी पुल पर पुलिस तब गिरफ्तार कर लिहलसि जब ऊ अपना गाड़ी से बांदा आवत रहलें. पुलिस के पहिले से सूचना मिल गइल रहे आ ऊ पुल पर घेराबन्दी कर के मौजूद रहे. बाकिर अबही ले उनका के बसपा से निष्कासित नइखे कइल गइल. एह घटना में पहिले से पकड़ाइल तीन जने में से राजेन्द्र शुक्ला आ राजेन्द्र उपाध्याय पर लड़की कवनो आरोप नइखे लगवले. आरोपितन में से खाली सुरेश नेता पकड़ाइल बा. रावण गर्ग फरार बा. आ अब विधायको जी के गिरफ्तारी हो गइल बा.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।