‘लड़ब मरते दम तक’ में सीमा सिंह के 6 गो आयटम

seema-42सिनेमा भोजपुरी के डांसिंग क्वीन सीमा सिंह रिकार्ड पर रिकार्ड बनवले जात बाड़ी. अब ऊ पहिला डांसिंग डॉल बने जात बाड़ी जेकर कवनो फिलिम में एगो दू ना बलुक पूरा छह गो आयटम नंबर शामिल रही.

जी हँ! सीमा सिंह के आवेवाली फिलिम ‘लड़ब मरते दम तक’ में पूरा छह गो आयटम नम्बर बा. कहीं त सीमा सिंह सिक्सर मरले बाड़ी. इहे ना, एह फिलिम में पुलिस इंसपेक्टर बनल सीमा सिंह बदमाशन के छठी के दूध याद करावतो नजर अइहेंॆ

दुर्गा फिल्म्स प्रोडक्शन के बैनर तले बनत फिलिम ‘लड़ब मरते दम तक’ के निर्माता संजय कुमार मिश्रा, निर्देशक जीत चटर्जी, आ प्रस्तुतकर्ता सुनीला मिश्रा हई. फिलिम में इन्स्पेक्टर के अहम किरदार निभावत अभिनेत्री सीमा सिंह के कहना बा कि उनकर पापा उनुका के इन्स्पेक्टर देखल चाहत रहले से रियल लाइफ में त इन्स्पेक्टर ना बन पवली अब रीले लाइफ इन्स्पेक्टर बन के पापा के सपना पूरा दिहली.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।