’प्यार मोहब्बत जिंदाबाद’ के शूटिंग बिहार के बाल्मिकी नगर में शुरू भइल

बाबा वैद्यनाथ फिल्म्स के बैनर तले बनत निर्माता, निर्देशक, गीतकार, विनय बिहारी के फिलिम ’प्यार मोहब्बत जिंदाबाद’ के शूटिंग बिहार के बाल्मिकी नगर में शुरू हो गइल बा. पूरा तरह से रोमाटिंक ई फिलिम प्रसिद्ध गीतकार विनय बिहारी के बनावल पहिलका भोजपुरी फिलिम होई.

एहमें पवन सिंह आ पाखी हेगड़े पर रोमाटिंक गाना कुल्लु, मनाली, आगरा के ताजमहल, आ दिल्ली के खुबसुरत लोकेशन पर फिल्मावल गइल बा. विनय बिहारी के गीत संगीत मे बनल सगरी गाना सुने वाला आ फिलिम देखे वालन के आकर्षित करी.

एह फिलिम के छायांकन प्रमोद पाण्डेय, आ नृत्य निर्देशन कानू मुखर्जी के बा.

मुख्य कलाकारन में पवन सिंह, पाखी हेगड़े, अर्चना सिंह, विनय बिहारी, आनंद मोहन, ब्रजेश त्रिपाठी, प्रिया पाण्डेय आ शाहीद शम्स बाड़े.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।