Customise Consent Preferences

We use cookies to help you navigate efficiently and perform certain functions. You will find detailed information about all cookies under each consent category below.

The cookies that are categorised as "Necessary" are stored on your browser as they are essential for enabling the basic functionalities of the site. ... 

Always Active

Necessary cookies are required to enable the basic features of this site, such as providing secure log-in or adjusting your consent preferences. These cookies do not store any personally identifiable data.

No cookies to display.

Functional cookies help perform certain functionalities like sharing the content of the website on social media platforms, collecting feedback, and other third-party features.

No cookies to display.

Analytical cookies are used to understand how visitors interact with the website. These cookies help provide information on metrics such as the number of visitors, bounce rate, traffic source, etc.

No cookies to display.

Performance cookies are used to understand and analyse the key performance indexes of the website which helps in delivering a better user experience for the visitors.

No cookies to display.

Advertisement cookies are used to provide visitors with customised advertisements based on the pages you visited previously and to analyse the effectiveness of the ad campaigns.

No cookies to display.

टटका खबर, बियफे, १७ जून

एण्डरसन के भगावे वाला मामिला में रोज नया नया बयान बनावत कांग्रेसी

भोपाल गैस दुर्घटना के मुख्य आरोपी एण्डरसन के भगावे का मामिला में अपना चहेता पूर्व प्रधानमंत्री पर चाहे अनचाहे लागल आक्षेपन से बचावे का कोशिश में कांग्रेसी स्पिन मिल में रोज नया नया बयान बुनल जात बा. इहाँ तक कहल जात बा कि ओकर जान बचावे खातिर ओकरा के भोपाल से भगावल जरुरी रहुवे. बाकिर देश का बाहर भगावे के कवन जरुरत रहे श्रीमान जी? खैर अब इहो सामने आ रहल बा कि जब भोपाल दुर्घटना के शिकार लोग के मिले वाला मुआविजा बढ़ावे के बात चलल रहे त संप्रग एक के सरकार ओकर विरोध कइले रहे.

राजनीति के का भरोसा? कब का कह देव?

सरकार अबही कहले बिया कि सेना के इस्तेमाल नक्सली समस्या के समाधान में ना कइल जाई बाकिर राजनीति के का भरोसा? अगर कबो कहिये दिहलसि कि सेना के इस्तेमाल कइल जाई, तब? इहे सोच के सेना अपना ५०००० जवानन के विशेष ट्रेनिंग दिहल शुरु कर दिहले बिया. जरुरत पड़ला पर ओह लोग के आन्तरिक सुरक्षा पर आवे वाला खतरा से लड़े में लगावल जाई. सेना के योजना बा कि वइसनका हालत में नागरिकन के सरक्षा पर खास ध्यान दिहल जाई आ जौ आ घुन के अलग अलग कर के खालि घुने के पीसल जाई.

भाड़ा के कोख के कानूनी रुप दिहल जाई

निसंतान दंपतियन के भाड़ा के कोख देबे वालन से आ भाड़ा के कोख देबे वालन के निसंतान दंपतियन के शोषण से बचावे खातिर केन्द्र सरकार जल्दिये एगो कानून बनावे जा रहल बिया. विदेशो से लोग भाड़ा के कोख का तलाश में हिन्दुस्तान आवेला. एहमें निषेचित डिम्ब के कवनो महिला के कोख में पनपे खातिर राख दिहल जाला जे नौ महीना ले ओह संतान के अपना कोख में पालेले आ जनम का बाद ओह दंपति के सौँप देले जेकर डिम्ब रहे. बाकिर कबो कबो एहमें विवाद के स्थिति आ जाले.

मदनी का खिलाफ गैर जमानती वारण्ट

साल २००८ में बेंगलूर में भइल शृंखलाबद्ध विस्फोट का मामिला में एगो कोर्ट केरल के पीडीपी अध्यक्ष अब्दुल नसर मदनी आ दू गो दोसरा जने का खिलाफ गैर जमानती वारण्ट जारी कइले बा. मदनी के समर्थक धमकी दिहले बाड़न कि अगर मदनी के गिरफ्तार कइल गइल त ऊ लोग ओकर जम के विरोध करीहन. केरल के मुख्यमंत्री अच्युतानन्दन कहले बाड़े कि कवनो तरह के अराजकता से निबटे खातिर राज्य सरकार हर संभव कदम उठाई.

केन्द्र सरकार का मदद से ५३ हजार स्वास्थ्यकर्मियन के तैनाती

देश के २३५ पिछड़ा जिलन में स्वास्थ्य सेवा सुचारू रुप से चलावे खातिर केन्द्र सरकार ५३५०० स्वास्थ्यकर्मियन के बहाली करे जा रहल बिया. एह नियुक्ति का बाद ग्रामीण स्वास्थ्य केन्द्रन के चौबीसो घंटा चलावे में सहुलियत होखी. एह योजना में यूपी के ४४ गो आ बिहार के ३५ गो जिलन के चुनल गइल बा. सरकार ग्रामीण इलाका में सेनेटरी नैपकिन रियायती दर पर बाँटे के योजनो बनवले बिया जवना में गरीब लड़कियन के एक रुपिया का दर से आ बाकी लड़कियन के पाँच रुपिया के दर से नैपकिन दिहल जाई.

बाबा जंगलीदास का आश्रम में १०१ शादी करावल गइल

चार राज्यन के नक्सल प्रभावित इलाका के १०१ जोड़न के सामूहिक विवाह रामगढ़ में बाबा जंगलीदास का आश्रम में करावल गइल. प्रशासन एह शुभ काम में भरपूर सहयोग दिहलस आ डीएम एसपी घराती का भूमिका में रहलन. कईगो सामाजिको संगठन एह काम में शामिल भइले. बाबा जंगलीदास पिछला छह साल से एह तरह के आयोजन कर रहल बाड़न आ अबले ६५१ गो जोड़ा के सामूहिक शादी करवले बाड़े.

उमा भारती के भाजपा में वापसी के संकेत

काल्हु लालकृष्ण आडवाणी का साथे एक विमान से उमा भारती रायपुर अइली. साथ में राजनाथ सिंह आ भाजपा प्रवक्ता रविशंकर प्रसादो रहले. चारो जने छतीसगढ़ के मुख्यमंत्री रमण सिंह के पिता का श्राद्ध में शामिल होखे आइल रहे. हालांकि केहू कवनो तरह के राजनीतिक बयान नइके दिहले बाकिर एकरा के संकेत मानल जा रहल बा कि मध्यप्रदेश के पूर्वमुख्यमंत्री रहल उमा भारती के भाजपा में वापसी जल्दिये हो सकेला.

अमर सिंह आपन टीम बनवलन

अमर सिंह के पार्टी राष्ट्रीय लोकमंच के हरियर लाल सफेद रंग का झण्डा पर अमर सिंह के फोटो रही. उपाध्यक्ष जयाप्रदा रहीहें आ मनोज तिवारी के सांस्कृतिक प्रकोष्ठ के राष्ट्रीय अध्यक्ष रहीहे. अब्दुला अजीज कार्यकारी अध्यक्ष आ संजय दत्त के राष्ट्रीय महासचिव बनावल गइल बा. ई सब घोषणा लखनऊ में करत अमर सिंह कहले कि उनकर पार्टी छोट छोट राज्यन के समर्थन करी. इहो बतवलन कि एगो भोजपुरी फिल्म धोखा नाम से बनावत बाड़न जवना के अगिला विधानसभा चुनाव से पहिले रिलीज कर दिहल जाई.

सरकारी बैंकन के प्रमुख पद खातिर नया नियम

प्रधानमंत्री कार्यालय से जारी निर्देश का बाद वित्त मंत्रालय मुश्किल में पड़ गइल बा. निर्देश में कहल गइल बा कि ओहि लोग के बैंक प्रमुख बनावल जाव जेकर कार्यकाल कम से कम अठारह महीना बाचल होखे. एहसे ऊ आदमी बैंक का हित में बढ़िया से काम कर पाई. अब एह निर्देश का चलते यूनियन बैंक प्रमुख का पद पर एससी कालिया के नियुक्ति ना हो पाई काहे कि उनकर कार्यकाल सतरहे महीना बाचल बा.

फीफा वर्ल्ड कप के छठा दिन

काल्हु का मैच में चिली होण्डूरास के एक शून्य से, स्विट्जरलैण्ड स्पेन के एक शुन्य से, आ उरुग्वे दक्षिण अफ्रीका के तीन शुन्य से हरा दिहलस. एह हार का बाद मेजबान दक्षिण अफ्रीका अब शायद अगिला दौर में ना पहुँच पाई. आजु अर्जेण्टिना दक्षिण कोरिया से, नाइजिरिया ग्रीस से, आ फ्रांस मैक्सिको से खेले वाला बा. ओने एशिया कप क्रिकेट में भारत बांगला देश के छह विकेट से हरा दिहलस.

0 Comments