बिपिन सिंह साइन कइलें अभय आदित्य सिंह के फिलिम

AbhayAditya-BipinSinghअपना सशक्त अभियन खातिर जानल जाए वाला आ सिनेमा भोजपुरी के चर्चित खलनायक बिपिन सिंह पिछला दिने अभय आदित्य सिंह के एगो फिलिम साइन कइलन जवन अगिला महीना से फ्लोर पर जाई. एह फिलिम में बिपिन सिंह खलनायकी के एगो नया किरदार में लउकीहे जे अबही के परंपरागत खलनायकन से अलगा हट के होखी.

एह फिलिम के शूटिंग बनारस भा लखनऊ में अगिला महीना से होखे वाला बा.


(भोजवुड न्यूज)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।