जवान के लाश एक्सप्रेस के बोगी मे मिलल

सीमा सुरक्षा बल के एगो जवान बयालिस साल के उमेश सिंह नेगी के लाझु वाराणसी में दून एक्सप्रेस के एगो बोगी में मिलल. उमेश उत्तराखंड के रुद्रप्रयाग के रहुवन आ त्रिपुरा में तैनात रहले. ओहिजे से छह दिन के छुट्टी पर ऊ घरे जात रहले
लाश मिलला के खबर पा के रेल पुलिस लाश के बोगी से उतरलसि आ लाश का जेब से मिलल कागजात से उनकर पहिचान भइल.
पुलिस शक जतावत बिया कि हार्टफेल से मौत भइल बा.
(वार्ता)

0 Comments

Recent Posts