फाइलिन तूफान के असर पूर्वांचलो में पड़ल आ चौदह लोग मरल

उडीसा आ आन्ध प्रदेश मे आइल फाइलिन तूफान के असर पूर्वांचल के जिलो मे महसूस कइल गइल आ एह दौरान तेज हवा आ बरखा का चलते चौदह लोग के जान चल गइल बा आ हजारो एकड़ के फसल खराब हो गइल बा.
बहुते गाछ, मकान, बिजली के खंभा एह तूफान में गिरल आ बुध का दिने पाँचवो दिने बरखा जारी रहल जवना से जनजीवन पर बहुते खराब असर पड़ल बा.
गाजीपुर में चार लोग के जान गइल जबकि बलिया में तीन, जौनपुर आ मऊ में दू दू आदमी, आ आजमगढ़, भदोही, अउर सोनभद्र में एक एक आदमी के मौत के खबर बा.
(वार्ता)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..