लापता बच्ची के लाश मिलल, दुष्कर्म के अनेसा
-

गोपालगंज जिला के बरौली इलाका के नवादा गांव से लापता एगो सात साल के बच्ची के लाश पुलिस बुध का दिने बरामद क लिहलसि.
पुलिस बतावत बिया कि नवादा गांव के सात साल के ई बच्ची तीन दिन पहिले दुर्गापूजा देखे गइल रहे आ तबे से लापता रहुवे. बुध का सबेरे गाँव का बगइचा का लगे एगो पानी भरल गड़हा से ओकर लाश मिलल बा.
संदेह जतावल जात बा कि ओकर गला दबा के हत्या कइल गइल बा आ हो सकेला कि ओकरा साथे बदमाश पहिले दुष्कर्म कइले होखऽ सँ.
पुलिस लाश के पोस्टमार्टम ला भेज दिहले बिया आ मामिला के छानबीन कतत बिया.
(वार्ता)

0 Comments

Recent Posts