दू गो बाइक के टक्कर मे दू गो नवहियन के मौत, एगो घाहिल

जौनपुर जिला के सराय ख्वाजा इलाका के मुसरौटी गांव का लगे शुक का देर रात दू गो मोटरसाइकिलन के आमने सामने टक्कर हो गइल जवना में दू गो नवहियन के मौत हो गइल आ एगो घवाहिल हो गइल.
पुलिस के कहना बा कि बेगमगंज निवासी बाइस बरीस के विकास सोनकर बाइक से सरायख्वाजा से जौनपुर तरफ आवत रहुवे आ शिकारपुर निवासी सतरजह साल के अमित यादव आ अठारह साल के संदीप यादव बाइक से जौनपुर शहर से घरे जात रहले. दुनु मोटरसाइकिल मुसरौटी गांव का नियता टकरा गइल जवना से विकास के मौके ठाँवे पर हो गइल आ घवाहिल अमित आ संदीप के जिला अस्पताल पहुँचावल गइल. एहिजा अमित के मौत हो गइल. संदीप के इलाज चलत बा.
(वार्ता)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।